भोजपुरी भाषा आ कंफ्युजन

भोजपुरी भाषा आ कंफ्युजन

नबीन चंद्रकला कुमार

सामान्य रुप से इ बहुत आसान ह कहल कि मय भाषा के जन्म संस्कृत से भइल बा । असल में एह में हमनी के दोष नइखे , नागरी में देव जोड़ के देवता के लिपि आ संस्कृत फेरु बाद में हिन्दी में देव भाषा कहि के देवता के भाषा बना दिहल बा । हम त तब हैरान हो जानी जब राहुल सांकृत्यायन से ले के उदय नारायण तिवारी हजारी प्रसाद दिवेदी जइसन नामी साहित्यकार लो के कोट कइल जाला हिन्दी के राष्ट्रभाषा कहत ।

असल में ओह घरी के साहित्यकार लो हिन्दी के संवसे भारत के सम्पर्क भाषा बनावल चाहत रहे , ओह लोगन के लागत रहे कि अंग्रेजन से देश के आजादी खाति बहुत जरुरी बा कि भारत के भाषा पुरा राष्ट्र के सम्पर्क भाषा बनो । असल में इहे साहित्यकार लो ना एह लो से पहिले के साहित्यकार लोगन के मान्यता भी इहे रहे । रउवा सभ के अचरज होइ कि हिन्दी में सबसे बेसी काम शुरुवात के दौर में बंगाल में भइल रहे जबकि ओह समय बंगाली साहित्य अपना चरम प रहे ।

एह काम के शुरुवात , नागरी के देवनागरी बना के उत्तर भारत के क गो भाषा के लिपि के खतम क के भइल । तिरहुता जइसन समृद्ध लिपि जवना में मैथिली लिखात रहे , कैथी लेखा शासन के भाषा के लिपि जवन शेरशाह के समय से चलल आवत रहे , खतम होखे के परल भा खतम कइल गइल । देवनागरी अइलस आ ओकरा संगे संगे हिन्दी बाकी इलाका में मातृभाषा के रुप में पेनिट्रेट करे लागल । इहे उ काल रहे जब हिन्दी के राष्ट्रभाषा के रुप में सम्बोधित कइल गइल । चुकि संस्कृत प पांडित्य आ वाद के असर रहे एहि से हिन्दी के सहुलियत आ आसानी से अपनावे वाली भाषा के रुप में देखल गइल । हिन्दी के हिन्दी नाव देबे वाला आ हिन्दी लेखा उर्दू बनावे वाला लोग असल में भारत के ना रहले , बाकिर इ दुनो भाषा के जनम बहुत पुरान ना ह , बलुक दुनो के जनम एके संगे भइल रहे ।

(खैर उदय नारायण तिवारी जी के लिखल किताब ” भोजपुरी भाषा और साहित्य ” से हइ फोटो बा ।)

खैर उदय नारायण तिवारी जी के लिखल किताब ” भोजपुरी भाषा और साहित्य ” से हइ फोटो बा ।भोजपुरी भाषा आ कंफ्युजन

सामान्य रुप से इ बहुत आसान ह कहल कि मय भाषा के जन्म संस्कृत से भइल बा । असल में एह में हमनी के दोष नइखे , नागरी में देव जोड़ के देवता के लिपि आ संस्कृत फेरु बाद में हिन्दी में देव भाषा कहि के देवता के भाषा बना दिहल बा । हम त तब हैरान हो जानी जब राहुल सांकृत्यायन से ले के उदय नारायण तिवारी हजारी प्रसाद दिवेदी जइसन नामी साहित्यकार लो के कोट कइल जाला हिन्दी के राष्ट्रभाषा कहत ।

असल में ओह घरी के साहित्यकार लो हिन्दी के संवसे भारत के सम्पर्क भाषा बनावल चाहत रहे , ओह लोगन के लागत रहे कि अंग्रेजन से देश के आजादी खाति बहुत जरुरी बा कि भारत के भाषा पुरा राष्ट्र के सम्पर्क भाषा बनो । असल में इहे साहित्यकार लो ना एह लो से पहिले के साहित्यकार लोगन के मान्यता भी इहे रहे । रउवा सभ के अचरज होइ कि हिन्दी में सबसे बेसी काम शुरुवात के दौर में बंगाल में भइल रहे जबकि ओह समय बंगाली साहित्य अपना चरम प रहे ।

एह काम के शुरुवात , नागरी के देवनागरी बना के उत्तर भारत के क गो भाषा के लिपि के खतम क के भइल । तिरहुता जइसन समृद्ध लिपि जवना में मैथिली लिखात रहे , कैथी लेखा शासन के भाषा के लिपि जवन शेरशाह के समय से चलल आवत रहे , खतम होखे के परल भा खतम कइल गइल । देवनागरी अइलस आ ओकरा संगे संगे हिन्दी बाकी इलाका में मातृभाषा के रुप में पेनिट्रेट करे लागल । इहे उ काल रहे जब हिन्दी के राष्ट्रभाषा के रुप में सम्बोधित कइल गइल । चुकि संस्कृत प पांडित्य आ वाद के असर रहे एहि से हिन्दी के सहुलियत आ आसानी से अपनावे वाली भाषा के रुप में देखल गइल । हिन्दी के हिन्दी नाव देबे वाला आ हिन्दी लेखा उर्दू बनावे वाला लोग असल में भारत के ना रहले , बाकिर इ दुनो भाषा के जनम बहुत पुरान ना ह , बलुक दुनो के जनम एके संगे भइल रहे।
नबीन चंद्रकला कुमार






Related News

  • क्या बिना शारीरिक दण्ड के शिक्षा संभव नहीं भारत में!
  • मधु जी को जैसा देखा जाना
  • भाजपा में क्यों नहीं है इकोसिस्टम!
  • क्राइम कन्ट्रोल का बिहार मॉडल !
  • चैत्र शुक्ल नवरात्रि के बारे में जानिए ये बातें
  • ऊधो मोहि ब्रज बिसरत नाही
  • कन्यादान को लेकर बहुत संवेदनशील समाज औऱ साधु !
  • स्वरा भास्कर की शादी के बहाने समझे समाज की मानसिकता
  • Comments are Closed

    Share
    Social Media Auto Publish Powered By : XYZScripts.com